मेहरारू के बानिह के हजारन के लूट भइल
-

मझौवा। हल्दी थाना के भदवरिया टोला में बुधवार के राति खानी एगो महिला के बानिह के हजारन रूपया के सामान लूटि लीहुवन स। बतावल जाता कि जनार्दन सिंह के परिवार के लोग पटटीदारी में आइल बरात के देखे गइल रहुवे लोग। घरे खाली उनकर छोट बहू आ एगो छोट लइकी रहुवीं एहि बीच बदमाश घर में ढुकि के ओ महिला के मुंह बांनिह दीरहुवन स आ हजारन रूपया के सामान ले के भागि गउवन स। बाद घर के लोग जब बराति देखि के अउए लो त बांन्हल खोलि के घटना के जनुए लोग फेरू हल्दी पुलिस के तहरीर दीहुए लोग।

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..