जान लेबे गइले जान देबे पड़ गइल

बक्सर दियरांचल के सिमरी प्रखंड के डुमरी गाँव में आपसी रंजिश का चलते एगो मनबढ़ लंबोदर चौबे अपना साथी ओंकार कुंवर संगे मोटरसाइकिल से आके अपना दुआरी पर बइठल नन्हमुटी कुंवर के ताबड़तोड़ गोलीमार के भाग चलल. बाकिर आगे बालू पर मोटरसाइकिल बिछिलइला से गिर गइले दुनु बदमाश. ओकरा बाद गोली चलावत लंबोदर चौबे त भाग निकलल बाकिर गाँव के लोग ओंकार कुंवर के ध लिहल आ जम के पिटाई कर दिहल जवना से ओकर ओहिजे मौत हो गइल. नन्हमुटी कुंवर गाँव के महिला मुखिया आभा देवी के देवर रहल. ओकार कुंवर पीएनबी के बलिया शाखा में कैशियर रहल बाकिर अपना मनबढ़ सुभाव का चलते गाँव के अपराधियन से मेल जोल राखत रहुवे. लंबोदर तीन साल पहिले बक्सर कोर्ट से फरार हो गइल रहुवे आ तबसे फरारे चलत बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।