पूर्वांचल राज्य माँगत लोग दिल्ली में प्रदर्शन कइल

तेलंगाना राज्य बनावे के केन्द्र सरकार के फैसला का बाद देश भर से नया नया राज्य बनावे के माँग उठे लागल बा. एही कतार में पूर्वांचल राज्य मांगत लोग राष्ट्रीय क्रांतिकारी समाजवादी पार्टी का बैनर में नई दिल्ली के जंतर मंतर पर प्रदर्शन कइल, प्रदर्शन के अगुवई करत पार्टी के अध्यक्ष गोपाल राय कहलन कि दसियन साल से पूर्वांचल राज्य बनावे के माँग होखत बा काहे कि एह इलाका के समुचित विकास उत्तर प्रदेश जइसन बड़हन राज्य का चलते नइखे हो पावत. अगर पूर्वांचल के अलग राज्य बना दिहल जाव त एह इलाका के सम्यक विकास हो पाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।