सुगौली में होमगार्ड जवान के लाश मिलल
-

पश्चिमी चंपारण के सुगौली इलाका के फुलवरिया हाई स्कूल का नियरा सड़क किनारे शुक का दिने एगो होमगारड जवान के लाश मिलला से सनसनी पसर गइल. अनेसा जतावल जात बा कि कहीं अउर ओकर हत्या कर के लाश एहिजा फेंक दिहल गइल बा. पुलिस लाश के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भेजवा दिहलसि. लाश का जेब से जवन आईकार्ड मिलल बा तवना पर मोतिहारी के अगरवा के नगीना सहनी के नाम लिखल बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..