बनियापुर के दारोगा निलंबित आ फरार

पिछला दिने बनियापुर थाना के पीएसआई अजय कुमार के पिस्टौल से चलल गोली थाना के सब इंसपेक्टर एके बैठा के लागल रहे जवना से उनकर मौत इलाज का दौरान पीएमसीएच में हो गइल. एह मामिला के जाँच में पुलिस अधीक्षक सारण सरसरी तौर पर अजय कुमार के दोषी पवले आ उनुका के निलंबित कर दिहले. अजय कुमार फरार बतावल जात बाड़े. अजय कुमार कैमूर जिला के दिनारा के रहे वाला हउवे. घटना का बाद घवाहिल सबइसपेक्टर के छपरा सदर अस्पताल चहुँपा के अजय कुमार फरार हो गइलें.

एगो दोसरा घटना में बनियापुर के मझौली गाँव में पोखरा का लगे से पैंतीस साल के एगो नवही संजय कुमार के लाश मिलल. मौत संदिग्ध लागत बा. लाश पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा. सोमार का साँझ संजय के झगड़ा गाँव के ललन राय आ बबन राय से भइल रहुवे. लाश के नाक आ कान कवनो तेज हथियार से कटाइल लागत बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।