दंगा के सीबीआई जांच होखो आ कवनो बेकसूर के मत फँसावल जाव रालोद

फैजाबाद से वाराणसी जाए में जौनपुर में आजु पत्रकारन से बतियावत .रालोद. के प्रदेश अध्यक्ष मुन्ना सिंह चौहान माँग कइलें कि मुजफ्फरनगर दंगा के .सीबीआई जांच करावल जाव आ दोषियन के कड़ेर सजाय दिहल जाव. बाकिर कवनो बेकसूर के फँसावल मत जाव.
मुन्ना सिहं के कहना रहे कि राज्य सरकार सगरी मोर्चा पर फेल हो गइल बिया. आ ई दंगा सरकार के ढिलाई आ नाकामी के चलते भइल बा. एह दंगा का पीछे राज्य सरकार के मंत्रियन के हाथ होखे के बात कहत मुन्ना सिंह राज्य में राष्ट्रपति शासन लगा देबे के चाहीं. मंत्रियन के दबाव का चलते पुलिस अधिकारी छुट्टी पर चल जात बाड़ें बा डेपुटेशन पर.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।