लालू पर फैसला का बाद राजद मुख्यालय पर सन्नाटा

राजद.अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के चारा घोटाला मामिला में जेल जातही पटना में राजद मुख्यालय पर सन्नाटा पसर गइल. पार्टी कार्यालय का पिछला हिस्सा मे अलगा से बनल कोठरियन में रहे वाला कुछ लोग निराशा जतावत कहल कि अइसन फैसला के उमेद ना रहल.
पार्टी पदाधिकारियन के कक्ष पूरा खाली लउकल. हमेशा मुख्यालय मे मौजूद रहेवाला कार्यालय सचिव चन्द्रेश्वरो प्रसाद कतहीं ना लउकलें. फोन के घंटी घनघनात रहुवे बाकिर केहू उठावे वाला ना रहल.
सगरी बड़का नेता रांची गइल बाड़ें.
ओहिजे बगल के जदयू आ भाजपा कार्यालयन में गहमगहमी पहिलही जस लउकल.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।