यूपी के पन्द्रह जिलन में मछली बीज उत्पादन केन्द्र बनावल जाई

आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़े कि यूपी के देवीपाटन मण्डल के गोण्डा आ बहराइच जिलन के शामिल कर के प्रदेश के पन्द्रह जिलन में राष्ट्रीय वृद्धि विकास योजना के तहत बढ़िया प्रजाति के मछली बीज जनमावे खातिर बीज संरक्षणशाला खोलल जइहें स.
हर हैचरी पर बारह लाख रुपिया के खर्च आई जवना में से चुनाइल मछली पालकन के छह लाख के अनुदान आ छह लाख के बैक कर्जा दिआवल जाई.
चुनाइल जिलन में गोण्डा, बहराइच, मैनपुरी, लखनऊ, अलीगढ, रायबरेली, लखीमपुर, बरेली, हरदोई, आ कन्नौज शामिल बा.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।