बुलेट राजा मे मेहरारू के किरदार मे बाड़े रवि किशन

भोजपुरी के सुपरस्टार रवि किशन अपना आवे वाली फिलिम “बुलेट राजा” मे मेहरारू के किरदार कइले बाड़े.
रवि किशन कहले कि, हम हमेशा से चुनौतीवाली भूमिका पसंद करत आइल बानी. एह फिलिम बुलेट राजा मे हम रउरा अर्द्धनारीश्वर के किरदार निभावत बानी. अइसन किरदार हम कबो नइखीं कइले. ई हमरा ला बहुते चुनौती वाला रहुवे.
रवि किशन कहलन कि एकर श्रेय हम अपना निर्देशक तिग्माशू धूलिया के दिहल चाहब. तिग्माशु अभिनेता के काम आसान कर देले. ई किरदार रउरा सभे के बेहद पसंद आई.
जानेजोग बा कि बुलेट राजा मे सैफ अली खान आ सोनाक्षी सिन्हा के मुख्य भूमिका बा. सैफ अली खान एगो माफिया का किरदार में बाड़े.
फिलिम 29 नवंबर के रिलीज होखी.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..