गाजीपुर मे आइल बँड़ेरा से अनेके गाछ उखड़ल

परसो गाजीपुर मे उठल बँड़ेरा सुहवल थाना के अनेके गांवन मे सैकडन गाछ उखाड दिहलसि आ कईएक मकानन के नुकसान चहुँपल. दुपहरिया करीब 12 बजे के आसपास देखते देखत करिया बदरी घेर लिहलसि आ तेज हवा का साथे उठल बँड़ेरा गंगा के एक कोना से होखत अनेके गांव के अपना जद में लेत सैकडन गाछ उखाड़ फेंकलसि, एकरा चपेटा में पड़ के कईगो मकानो ताश का पत्ता का तरह भस गइली सँ.
पुलिस बतावत बिया कि एह बँड़ेरा का चलते सड़क पर गिरल गाछन से घंटन ले सड़क जाम रहली सँ.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *