बसपा के पूर्व मंत्री अशोक कुमार दोहरे भाजपा मे अइले
-

उत्तर प्रदेश के काबीना मंत्री रहल आ बसपा के नेता अशोक कुमार दोहरे काल्हु अपना सैकड़न समर्थकन साथे भाजपा मे शामिल हो गइले.
ई लोग भाजपा के प्रदेश कार्यालय मे प्रदेश उपाध्यक्ष शिव प्रताप शुक्ला का सोझा पार्टी के सदस्य बनल.
एह मौका पर दोहरे कहलन कि भाजपे अकेला राष्ट्रवादी पार्टी बिया जे समाज के सगरी वर्ग के साथे लेके राष्ट्र के विकास कइल चाहत बिया. जबकि पहिले के बसपा सरकार विकास का नाम प पार्क बनवलसि आ भठियरपन से आपन विकास कइलसि.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..