इंटर के छात्र के पीट.पीट के मुआ दीहल गइल

सिवान 26 अक्तूबर (वार्ता) सिवान जिला के बसंतपुर इलाका में इंटर के एगो छात्र के पीट.पीट के हत्या क दीहल गइल.

पुलिस सूत्र बतवले कि लकड़ीपरौली साह टोला के बाइस साल के रोहित कुमार मिश्र के काल्हु रात कुछ लोग घर से बोला के ले गइल आ ओकरा के पीट पीट के मुआ दीहल. जब देर रात ले ऊ घरे ना लवटल त घर के लोग ओकरा के खोजल शुरू कइल बाकिर तमाम कोशिश का बादो ना मिलल.

आजु गाँवे के कुछ लोग से मिलल सूचना का बाद पुलिस एगो निर्जन जगहा से रोहित के लाश बरामद क लिहलसि. हत्या के कारण पता नइखे चलल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।