हैडपंप के पानी पीयला से नौ गौ बच्चा समेत एगारह जने बीमार
-

भभुआ 26 अक्टूबर (वार्ता) कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका के खमीदौरा मध्य विद्यालय मे हैडपंप के पानी पीयला से नौ गो बचवन समेत एगारह लोग के तबियत खराब हो गइल बा.

पुलिस बतवलसि कि नौ गो विद्यार्थी, एगो शिक्षक, आ रसोईया समेत एगारह लोग स्कूल में लगावल हैंडपंप के पानी पी के बीमार पड़ गइल बा. सभे के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ ओह लोग के हालत खतरा से बाहर बतावल जात बा.

पुलिस एह बात के जाँच करावत बिया कि कहीं हैडपंप मे कवनो जहर त ना मिलावल गइल रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..