इंटर के छात्र के पीट.पीट के मुआ दीहल गइल
-

सिवान 26 अक्तूबर (वार्ता) सिवान जिला के बसंतपुर इलाका में इंटर के एगो छात्र के पीट.पीट के हत्या क दीहल गइल.

पुलिस सूत्र बतवले कि लकड़ीपरौली साह टोला के बाइस साल के रोहित कुमार मिश्र के काल्हु रात कुछ लोग घर से बोला के ले गइल आ ओकरा के पीट पीट के मुआ दीहल. जब देर रात ले ऊ घरे ना लवटल त घर के लोग ओकरा के खोजल शुरू कइल बाकिर तमाम कोशिश का बादो ना मिलल.

आजु गाँवे के कुछ लोग से मिलल सूचना का बाद पुलिस एगो निर्जन जगहा से रोहित के लाश बरामद क लिहलसि. हत्या के कारण पता नइखे चलल.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..