नरेन्द्र मोदी के सुरक्षा बढ़ावल गइल

नई दिल्ली . 01 नवंबर (वार्ता) भाजपा का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी का सभा का दौरान पटना मे भइल बम धमाकन के मद्देनजर केन्द्र सरकार उनकर सुरक्षा बढावे के फैसला कइले बिया.

सरकारी सूत्र बतावत बाड़े कि अब उनका लगभग उहे सुरक्षा मिलल करी जवन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, संप्रग प्रमुख सोनिया गांधी, आ कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के दीहल जाले.

लेकिन इहो साफ कइल गइल बा कि ई सुरक्षा एस पी जी के ना होखी. मोदी जवना राज्य में जइहें ओहिजा के पुलिस उनकर मिनट दर मिनट सुरक्षा के विस्तृत रणनीति तइयार करी.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।