स्कूल के चापाकल में जहर से चार गो लड़िका बेमार

साल भर पहिले सारण के मशरख में धरमासती गंडामन नवसृजित प्राथमिक विद्यालय में भइल मिड डे मील हादसा के साल भर बाद बरखी का दिने बुध के बनियापुर के राजकीय कन्या मध्य विद्यालय के चापाकल में कवनो जहर डाल दिहलसि. एह पानी के पियला से चार गो विद्यार्थी बेमार पड़ गइले. एहनी के प्रशासन तुरते प्राथमिक उपचार करा के सदर अस्पताल चहुँपवलसि.

बचवन के हालत खतरा के बाहर बतावल जात बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।