बाबू से मात खा गइलन सीएमओ

चालीस लाख दे के पूर्वांचल में एगो जिला के सीएमओ बनल डाक्टर के एतनो बेंवत नइखे कि उ एगो बाबू से अपना हिसाब से काम करवा सकसु. बाबू के चहुँप बड़का दरबार ले बा आ ओकरा बारे में इहे कहल जाला कि उ सीएम बनवावे आ हटवावे दुनू के बेंवत राखेला.

सुने में आवत बा कि जब नयका सीएओ ओह बाबू से कुछ हिसाब मॅगलन त कहलसि कि अबहीं हमरा देवघर जाए के बा जल चढ़ावे. दस दिन बाद लवटब तब देखल जाई. नया नया मिलल अफिसरई का ताव में सीएम साहब कह दिहलन कि अबहीं छूट्टी ना मिली. बाकिर थोड़ही देर बाद बाबू अपना चहुँप के इस्तेमाल कइलसि आ सुने में आवत बा कि छूट्टी मिलो भा ना मिलो बाबू त चलल छूट्टी प. आखिर ओकरा पर शंकर जी के बड़हन दया जे बा. हो सकेला कि देर सबेर सीएमओ साहबे के छूट्टी प जाए के पड़ जाव दोसरा जिला में तबादला होखे से पहिले.

बक्सर व्यवहार न्यायालय परिसर में एगो कैदी के गोली मार केेज दिहलसि, हत्या क देबे वाला हत्यारा विशाल श्रीवास्तव के पुलिस ध लिहलसि आ बियफे का दिने जेल में भेज दिहलसि.

छपरा में भइल प्रमंडल स्तर के नियोजन आ मार्गदर्शन मेला में 573 अभ्यर्थियन के चुनल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।