टटका खबर, अतवार, 27 नवम्बर 2016

मोहाली टेस्ट में दुसरका दिने भारत के पारी लड़खडाइल नजर आइल आ खेल ख़तम होखे बेरा ले छह विकेट का नुकसान पर 271 रन बना पवले बल्लेबाज।


मेलबर्न में होखत चार देशन के हॉकी टूर्नामेंट में भारत मलेशिया टीम के 4-1 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि।


बैडमिंटन के होंगकांग ओपन के फाइनल में भारत के पी वी संधू चीन के खिलाडी से हार गइली।


हर महीना देश के लोग से अपना मन के बात करे वाला पि एम मोदी आजु नोटबंदी के चरचा करत बानी। नवहियन से पी एम के गोहार बा कि ऊ लोग बढ़ चढ़ के कैशलेस इकॉनोमी के बढ़ावा देसु।


पटना के पाटलिपुत्र खेल मैदान में आजु से चार दिन ले 64 वां राष्ट्रीय महिला कबड्डी चैंपियनशिप के मुकाबला होखे जा रहल बा। एहमे शामिल होखेला सगरी टीम आ चुकल बड़ी सँ।


मोहाली टेस्ट के दुसरका दिने 268 रन से आगे खेलत इंग्लॅण्ड के पारी 15 रन जोड़ के आउट हो गइल। नौवां विकेट आजु के पहिलके गेना प चटक गइल।
1


अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव में विस्कॉन्सिन राज्य में पड़ल वोट फेरु से गिनल जाई। ई फैसला ग्रीन पार्टी के उम्मीदवार के गोहार पर भइल बा। हालाँकि ट्रम्प के जीत पर कवनो असर पड़े के अनेसा नइखे।


भारत में नोटबंदी करे का फैसला पर चाइनो के नजर बा। चीन एकरा के बहुते बेंवतगर फैसला मानत बा। ऊ देखल चाहत बा कि एकर परिणाम कइसन आवत बा। सब कुछ ठीक रहल त चीनो में नोटबंदी के एलान हो सकत बा।


आजु कुशी नगर के कसया हवाई पट्टी पर भाजपा के परिवर्तन रैली होखे जा रहल बा। दुपहरिया से पहिले पी एम् मोदी एह सभा के सम्बोधित करेम।


सिवान जिला के दरौली इलाका के मिलनी गाओं में काल्हु शनिचर का दिने घाघरा नदी में एगो नाव पलट गइल। नाव पर सात जने सवार रहलन, जवना में से चार जने त पँवड़ के बाहर आ गइले बाकि तीन गो मेहरारूवन के डूब गइला के अनेसा जतावल जात बा।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।