देवरिया जेल में अतीक अहमद के बैरक में मिलल प्रतिबन्धित सामान
-


देवरिया, 07 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला जेल में बन्द पहिले सांसद रहल आ फूलपुर लोकसभा क्षेत्र में होखत उप चुनाव में निर्दल उम्मीदवार अतीक अहमद के बैरक से आजु प्रतिबन्धित सामान बरामद भइल बा.

आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़ें कि काल्हु देवरिया जिला प्रशासन अचके में अतीक अहमद के बैरक के जांच पड़ताल शुरू क दिहलसि. एह पड़ताल में उनुका बैरक से मोबाइल फोन, चाकू, पान मसाला, बीड़ी सिगरेट आ गुलैल बरामद भइल. एह मामिला के जाँच जिला प्रशासन करा रहल बा.

जिलाधिकारी सुजीत कुमार कहलें कि जिला जेल में अतीक अहमद के बैरक के जांच पड़ताल में काल्हु मिलल सामान जेल मैनुअल का हिसाब से प्रतिबन्धित सामान रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..