नयी दिल्ली 07 मार्च (वार्ता). केन्द्र सरकार महंगाई के बोझ तर दबाइल केन्द्रीय कर्मचारियन के बड़हन राहत देत महंगाई भत्ता में दू फीसदी के बढोतरी कइले बिया जवन पिछला पहली जनवरी से लागू मानल जाई.
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अध्यक्षता में भइल केन्द्रीय मंत्रिमंडल के बइठक में आजु एह प्रस्ताव के मंजूरी दीहल गइल. एह फैसला से केन्द्रीय कर्मचारियों के महंगाई भत्ता पांच फीसदी से बढ़ि के 7 प्रतिशत हो गइल बा.
आधिकारिक विज्ञप्ति के अनुसार एहसे 48.41 लाख केन्द्रीय कर्मचारियन आ 61.17 लाख पेंशनभोगियन के फायदा मिली. महंगाई भत्ता बढवला से सरकारी खजाना पर हर साल 6077.72 करोड़ रूपिया के बोझा बढ़ि जाई.
महंगाई भत्ता में बढोतरी सातवाँ वेतन आयोग के सिफारिशन के आधार पर सकारल फार्मूला के लागू करत कइल गइल बा.
0 Comments