बेंगलुरु, 04 अप्रैल. कर्नाटक विधानसभा चुनाव से पहिलहीं भाजपा के जीते वाला दल मानत कई नेता ओकर सदस्त बन गइलें.
एह नेता लोगन में शामिल बाड़ें कांग्रेस नेता आ ओकरा सरकार में केंद्रीय मंत्री रह चुकल बासवराज पाटिल, कांग्रेसे के नागप्पा भीमप्पा सोलोनी, जनता दल (एस) के मल्लिकार्जुन खुबा आ एगो निर्दलीय विधान पार्षद बासवाना गौड़ा पाटिल यतनाल. ई लोग प्रदेश भाजपा अध्यक्ष बी एस येद्दयुरप्पा के मौजूदगी में भाजपा के सदस्यता लीहल.
हालांकि कुछ भाजपा कार्यकर्ता यतमाल के शामिल करे का खिलाफ भाजपा के प्रदेश मुख्यालय जगन्नाथ भवन का लगे प्रदर्शन कइलें. एह लोग के कहना रहुवे कि एकरा बाद ईमानदारी से भाजपा का साथे रहल कार्यकर्ता के टिकट ना दीहल जाई. यतनाल के गृहनगर विजयपुरो में भाजपा कार्यकर्ता प्रदर्शन कइले बाड़ें.
एह बारे में यतनाल कहलें कि उनुका खिलाफ होखत प्रदर्शन के कांग्रेसे हवा देत बिया काहें कि ओकरा मालूम बा कि अगर यतनाल के टिकट मिल गइल त ओकर उम्मीदवार चुनाव हार जइहें.
ओने भाजपा के कहना बा कि चारों नेता भाजपा में बिना शर्त शामिल भइल बाड़ें.
0 Comments