सिवान में एगो दुकानदार अपना गाहक के गोली मरलसि

(प्रतीक फोटो)


सिवान 11 अप्रैल (वार्ता). सिवान जिला के मैरवा इलाका के मिसकरहि मुहल्ला में बुध का दिने एगो दुकानदार अपना गाहक के गोली मार के जान ले लिहलसि.
अपर पुलिस अधीक्षक ए. के. मिश्रा बतवलें कि सलमान खान अपना गाँवे के इशहाक मियां का दुकान से कुछ सामान खरीदले रहुवे आ ओकरे के बदलला ले के दुनु में कहा सुनी हो गइल. एह पर इशहाक अपना लगे राखल नाजायज पिस्तोल से सलमान के गोली मार दिहलसि.
सलमान के मौत ओहिजे हो गइल आ सूचना मिलला पर पुलिस भागल इशहाक के मैरवा टीसन से गिरफ्तार कर लिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।