वाराणसी, 12 अप्रैल (वार्ता). वाराणसी के सारनाथ इलाका से बुध का राति पुलिस मुठभेड़ का बाद एगो 25 हजार रुपिया के इनामी बदमाश गिरफ्तार कइल गइल जबकि ओकर एगो संघतिया फरार होखे में सफल रहल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि अपराध शाखा स्थानीय पुलिस के मदद से सिंहपुर गांव में मुठभेड़ का बाद रामबाबू यादव के गिरफ्तार क लिहलसि जबकि ओकर संघतिया आ 12 हजरिया बदमाश दीपक वर्मा उर्फ दीपक सेठ मौका से भाग निकलल. दुनु तरफ से करीब 25 राउंड फायरिंग भइल. एगो गोली राम बाबू का गोड़ पर लागल आ ऊ ओहिजे ढिमला गइल जवना का बाद पुलिस ओकरा के गिरफ्तार क के दीन दयाल उपाध्याय अस्पताल में भर्ती करवले बिया.
बदमाशन के फायरिंग में अपराध शाखा के प्रभारी विक्रम सिंह पर चलावल गोली उनुका बूलेट फ्रूफ जैकेट पर लाग के रहि गइल.
गिरफ्तार बदमाश रामबाबू यादव कोतवाली इलाका के मध्यमेश्वर मोहल्ला के वासी ह आ ओकरा पर पार्षद मनोज यादव पर जानेलवा हमला करे समात अनेके संगीन मामिला दर्ज बा. ओकरा लगे से एगो पिस्तौल, लूटल मोटरसाइकिल आ मौका से आधा दर्जन खाली कारतूस बरामद भइल बा.
0 Comments