भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 27 वाँ अधिवेशन जमशेदपुर में होखी

प्रोफेसर जयकान्त सिंह ‘जय’ ह्वाट्सअप संदेश भेजले बानी –

भोजपुरी सेवी/प्रेमी सभे के सादर नेवता
पिछला पचास बरिस से अपना संवैधानिक व्यवस्था के लोकतांत्रिक ढाँचा में बनल स्थायी समिति आ प्रवर समिति के गठित कार्यकारिणी के उतजोग से भोजपुरी भाषा, संस्कृति, साहित्य आ शिक्षा के विकास-विस्तार खातिर अनवरत जागल-लागल अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 27वाँ अधिवेशन में भोजपुरी आ सम्मेलन के हर नेही-छोही के स्वागत बा.

आमंत्रण पत्र में लिखल गइल बा –

मान्यवर/मान्या,

अपने के ई जान के खुशी होई कि अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 27 वाँ अधिवेशन, एकरा स्थापना के स्वर्ण जयन्ती वर्ष में, लौहनगरी के रूप में विश्वपटल पर विख्यात जमशेदपुर (झारखण्ड) के तुलसी भवन, बिष्टुपुर में दिनांक 16 आ 17 दिसम्बर के होखे जा रहल बा.

एह अवसर पर भाषा-साहित्य-संस्कृति-अस्मिता से जुड़ल विचार गोष्ठी, सांस्कृतिक कार्यक्रम आ कवि सम्मेलन वोगैरह के आयोजन होखी.

रउरा सभ से एह अवसर पर हित-मित का साथे सपरिवार उपस्थिति खातिर सादर निहोरा बा.

कार्यक्रम के मुख्य अतिथि रहिहें केन्द्रीय जनजातीय कार्य मंत्री श्री अर्जुन मुण्डा. डॉ ब्रजभूषण मिश्र अध्यक्षता करिहें आ श्री विद्युत वरुण महतो, श्री सरयू राय, श्री अमरेन्द्र प्रताप सिंह, आ डॉ संजय मयूख विशिष्ट अतिथि रहिहें.

निवेदन आइल बा अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के अध्यक्ष डॉ हरेराम त्रिपाठी ‘चेतन’, कार्यकारी अध्यक्ष डॉ महामाया प्रसाद ‘विनोद’ आ महामंत्री डॉ जयकान्त सिंह जय का तरफ से.

कार्यक्रम आयोजन समिति के अध्यक्ष श्री प्रसेनजित तिवारी, सचिव डॉ संध्या सिन्हा, आ संयोजक हउवें डॉ अजय कुमार ओझा.

कार्यक्रम का बारे में कुछ अउर जाने के होखे त रउरा 9234602290 भा 9031719481से संपर्क कर सकीलें.

कार्यक्रम के विस्तार से जानकारी ला नीचे दीहल फोटो देखीं –

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *