उत्तर प्रदेश के खबर, शनिचर 27 अगस्त का दिने
  • लखनऊ में पुलिस एगो आदमी के एक लाख रुपिया के नकली नोटन का साथे गिरफ्तार कइले बिया.
  • अन्ना हजारे के समर्थन में उत्तर प्रदेश में व्यापारी दुकान बंद कइले.
  • राज्य में कोचिंग चलावे वाला सरकारी शिक्षक लोग पर कार्रवाई कइल जाई. ई बाति माध्यमिक शिक्षा विभाग के निदेशक संजय मोहन बांदा में कहले. साथ ही शिक्षक लोग के इहो निर्देश दिहल गइल बा कि विद्यार्थियन के गतविधियन पर नजर राखे लोग इ होम वर्क दिहल करे.
  • सपा अपना जिला आ नगर इकाईयन के अध्यक्ष के नाम काल्हु घोषित कर दिहलसि आ ओह लोग से कहलसि कि जल्दी से आपन आपन समिति बना के मंजूरी खातिर राज्य इकाई के भेजो.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।