टटका खबर 7 जून 2025

भोजपुरी इलाकन से… :

भोजपुर जिला के रतनाढ़ गांव में सिगरेट खातिर माचिस मांगला पर झगड़ा भइल, जेकरा में दू लोग के हत्या हो गइल. पुलिस एगो आरोपी के पकड़ लिहलस, बाकी तीन जने के तलाश जारी बा.

भोजपुर जिला के बिहिया में आन्ही पानी का चलते बिजली के एगो खंभा गिरला का चलते 12 घंटा ले बिजली के आपूर्ति बन्द रहल.

सारण जिला के बनियापुर में शादी का जश्न के दौरान आर्केस्ट्रा देखत पांच साल के बच्ची के मौत स्कॉर्पियो से कचरइला का चलते हो गइल.

सीवान जिला के महपुर फरीदपुर गांव से कोलकाता में चैन-स्नैचिंग केस के मास्टरमाइंड के गिरफ्तार क लीहल गइल.

गोपालगंज मे एगो ऑर्केस्ट्रा चलावे वाला नाबालिग लड़िकियन से जबरन नाच करवावत रहल. पुलिस एह आर्केस्ट्रा से 14 लड़िकियन के छोड़वा लिहलसि आ ऑर्केस्ट्रा संचालक के गिरफ्तार क लिहलसि.

बक्सर जिला के निवासी आ “ऑपरेशन सिंदूर” में घवाहिल भइल हवलदार सुनील कुमार सिंह शहीद हो गइलन. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एह निधन पर आपन गहीर शोक जतवलन.

पश्चिम चंपारण जिला के शिवगंज में भइल एगो फायरिंग केस में दू गो आरोपी समेत छह लोग के गिरफ्तारी भइल बा. एह लोग का लगे से रिवॉल्वर अउर असलहा बरामद भइल बा.

पूर्वी चंपारण जिला के पकड़ीदयाल में दिल्ली जाए वाला एगो नवही के झगड़ा एगो ताड़ी का दुकान पर भइल जवना में ओकर जान ले लीहल गइल.

कैमूर जिला के पुरुषोत्तमपुर गांव में बचवन का विवाद में दू गो पक्षन का बीच मारपीट हो गइल. एह मारपीट में तीन जने चोटहिल हो गइलन.

देश भर में आजु मुसलमान आपन परब बकरीद मनवलें. कतहीं से कवनो तरह के अशान्ति भा बवाल के खबर नइखे.

गोरखपुर आइल यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नगर निगम के सभासदन से सफाई पर विशेष ध्यान देवे के निर्देश दिहलन.

मऊ में पिधला विधायक अब्बास अंसारी के विधायकी गइला का बाद होखे वाला उपचुनाव में एनडीए सहयोगी सुभासपा सीट पर आपन दावा कइले बा. काहें कि अब्बास अंसारी औकरे दल का निशान पर चुनाइल रहलन. हालांकि भाजपा चाहत बिया कि एहिजा ओकरा के मौका मिले के चाहीं.

🇮🇳 राष्ट्रीय समाचार :

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 20 जून के सीवान में होखे जा रहल एगो विशाल रैली के संबोधित करिहें. अप्रैल का बाद ई बिहार में उनुकर तीसरका दौरा होई.

 

🌍 अंतरराष्ट्रीय समाचार :

विश्व स्वास्थ्य संगठन (WHO) नया कोरोना वेरिएंट के लेकर चिंता जतवले बा, जेकरा से वैश्विक स्तर पर सतर्कता बढ़ावल गइल बा. भारतो में एकर नया मरीज मिले के खबर आवत बा.

📈 आर्थिक समाचार :

शनिचर का चलते आजु देश के शेयर बाजार बन्द रहली सँ. काल्हु अतवारो के बन्द रही.

🎓 शिक्षा समाचार :

बिहार बोर्ड (BSEB) इंटरमीडिएट कंपार्टमेंट परीक्षा 2025 के परिणाम घोषित हो गइल बा. छात्र इंटरबिहारबोर्ड डॉट कॉम पर रिजल्ट देख सकेलें.

🌦️ मौसम समाचार :

बिहार में अगले 3-4 दिन भारी बरखा, तूफान अउर ठनका गिरला के चेतावनी जारी कइल गइल बा.

📣 पाठकन से निहोरा :

अगर रउआ अपना जिला से जुड़ल खास खबर चाहर होखीं त कमेंट में जरूर बताईं. हम रउआ खातिर विशेष रिपोर्ट तैयार करे के कोशिश करब. ई सगरी खबर नेट पर उपलब्ध स्रोतन से लीहल गइल बा. अगर रउरा जानकारी में कवनो खबर गलत होखे त उहो जरुर बताईं जेहसे ओकरा के जल्दी से जल्दी सुधारल जा सके.

 

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *