अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन

– विज्ञप्ति

#भोजपुरी-साहित्य-सम्मेलन-2025 #अमनौर #सारण

Akhil Bhartiya Bhojpuri Sahitya Sammelan, 2025

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के अगिला अधिवेेशन हर बेर का जइसन अबकियो अन्तरराष्ट्रीय स्तर के होखे जा रहल बा दिनांक 29-30 नवंबर 2025 केेे अमनौर, छपरा (सारण), बिहार का धरती पर.

एकर अब तक के सबसेे अधिक सफल आ प्रभावी सातवां अधिवेेशन एही जगहा पर बरीस 1983 ई. में भइल रहल. एक बेर फेेरु हमहन भोजपुरी सेवियन के प्रयास बा कि तबकियो से अधिक सफल आ फलदाई होखे ई अधिवेेशन. स्थानीय, क्षेत्रीय, प्रांतीय, राष्ट्रीय, आ अन्तरराष्ट्रीय हर एक भोजपुरी सेवी संस्था, संस्थान, साहित्यकार, पत्रकार, कलाकार, बुद्धिजीवी, सामाजिक-सांस्कृतिक-राजनीतिक कार्यकर्ता आदि सेे दसो नोह जोड़ केे एह अगवड़ नेवता के मान रख केे कृपापूर्वक सहभागी बने ला निहोरा बा. कई देशी-विदेशी भोजपुरी सेवीजन के आवेे केे स्वीकृति मिल चुकल बा आ मिल रहल बा. अपनहूं सभे सम्मिलित होखे के अगवड़ सूचना दे दीं, जेहसेे सभे के आव-भगत केे तइयारी पहिलहीं सेे ढ़ंग्गर कइल जा सकेे.

ई सम्मेलन सभकर आ सभे सम्मेलन केे ह. ई सनेस अपनहूं सभेे अपनन का बीच भेेजे आ संङ्गे लेे आवे केे निहोरा करीं. भोजपुरी का एह साहित्यिक-सांस्कृतिक आ वैचारिक जग्य के सफलता पूर्वक संपन्न करावे मेें आपन महत्वपूर्ण योगदान सुनिश्चित करीं.

रउरे सभे के आपन –
जयकान्त सिंह ‘जय’
राष्ट्रीय महामंत्री
————

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन
(29-30 नवंबर 2025)
बहुरिया रामस्वरूपा देवी नगर अमनौर, सारण (बिहार)
राजकीय उच्चतर माध्यमिक विद्यालय, अमनौर का परिसर मेें.

अधिवेेशन स्थल तक चहुँपे का बारे मेें –

पटना से गाधी सेेतु भा जेपी सेेतु का रास्ते सीधेे अमनौर चहुँपल जा सकेला.
छपरा सेे सीधे मढ़ौरा भा भेल्दी बाजार होकेेे चहुँपल जा सकेला.
सीवान आ गोपालगंज से सीधे महम्मदपुर मलमलिया भाया मशरख तरैया हो के अमनौर आइल जा सकेला.
नजदीकी रेलवेे स्टेेशन मढ़ौरा थावेे रेलखंड मेें पड़ेेला आ पटना-गोरखपुर रेेलमार्ग पर बा.
हवाई जहाज सेे आवेे ला पटना हवाई अड्डा सेे सड़क मार्ग सेे पटना होके आईं.

अधिक जानकारी ला संपर्क करीं –

मोबाइल –

91028 89260,
91992 63323,

ह्वाट्सअप संपर्क –

94305 15563

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन आयोजन समिति  के आर्थिक सहजोग करेे ला –
@58026883308
Central Bank Of India,
Branch : Amnour, Saran,
IFSC code : CBIN0285146

पर आपन सहजोग भेेज सकीलेेंं.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।