– टीम अंजोरिया
#जूता #अदालत #सनातन-के-अपमान
लागल त ना बाकिर निशान छोड़ गइल
shoe-mark on the face
दू दिन पहिले भारत के सुप्रीम कोर्ट के सुप्रीम जज गवई पर फेंकल सनातनी जूता उनुका लागल त ना बाकिर आपन निशान जरुर छोड़ गइल आ एह निशान के देश के जजी कबो मेटा ना पाई. घटना का बाद सोशल मीडिया पर एह खबर से जुड़ल वीडियो के बाढ़ आ गइल बा. हो सकेला कि हम चूंकि कुछही चैनल देखीलें आ एआई का जमाना में यूट्यूब के मालूम होला कि हमरा कइसन वीडियो पसन्द आवेला भा हम कइसन वीडियो देखल करीलें से ऊ हमरा के वइसने वीडियो देखावेला जवना में जूता प्रकरण पर लोग संतोष आ अफसोस जाहिर कर रहल बा. संतोष एह बात के कि चलऽ केहू त जूता मारल, आ अफसोस एह बात के कि जूता निशाना पर ना लागल. वइसनका लोगन के हम तोष दीहल चाहत बानी कि जूता लागल त ना बाकिर ओकर निशान जुडिशियरी का चेहरा पर हमेशा खातिर आपन निशान छोड़ गइल. आ चीफ जज गवई के नाम हमेशा एह जूता प्रकरण का साथ लीहल जाई भा कहीं कि जब जब जूता प्रकरण के बात चली त चीफ जज गवई के नाम जरुर लीहल जाई.
मशहूर आ सम्मानित पत्रकार प्रदीप सिंह अपना वीडियो में बतावत बाड़न कि जूता फेंके वाला वकील पर कवनो शिकायत दर्ज ना करवला का पीछे उनुकर उदारता आ बड़हन दिल ना हो के भावी हकीकत के सामना करे का फजीहत से बाचे के कोशिश बेसी बा. अगर शिकायत दर्ज करवतन त जूता फेंके वाला सनातनी वकील राकेश किशोर पर मुकदमो दर्ज होखीत आ मुकदमा के सुनवाई कवनो निचली अदालत में होखीत. आ सुनवाई के दिन आवे तक चीफ जज गवई रिटायर हो गइल रहीहें आ उनुका निचली अदालत में पेश होखे के पड़ जाइत. इहो पहिलका बेर होखीत कि सुप्रीम कोर्ट के कवनो जज कवनो निचली अदालत का कटघरा में बतौर शिकायत कर्ता भा गवाह पेश होखीत. एही फजीहत से बाचे खातिर चीफ जज गवई मुकदमा दर्ज करावे से मुकर गइलन. पत्रकार प्रदीप सिंह के वीडियो. एगो अउर वीडियो एहिजा पूरा दे रहल बानी –
एही बीच चीफ जज गवई के माता जी आदरणीया कमलताई गवई के एगो बयान आ गइल बा जवना में ऊ एह वाकया के संविधान पर हमला बतावत एकर निंदा कइले बाड़ी. कहले बाड़ी कि देश में अराजकता करे के अधिकार केकरो लगे नइखे. जेकरा कवनो बात कहे के बा त ऊ अपना बाति के शांतिपूर्ण तरीका से कहे. कानून अपना हाथ में लेबे के कोशिश मत करे.
कमलताई जी कहली त ना बाकिर उनुको मालूम बा कि संविधान के अपना हाथ में लेबे के अधिकार सिर्फ जुडियिशरी का लगे बा आ जज जवन कुछ मन करे तवन बकैती कर सकेलें ना त ऊ अपना सपूत के बयानो के आलोचना कइले रहती. करे के त निंदा करती बाकिर भोथरो हँसुआ अपने ओर खींचेला. से अपना पूत के करतूत पर कुछ नइखे बोलली. बाकिर यू ट्यूब पर मौजूद एह फेस टू फेस वीडियो में अधिवक्ता रिजवान अहमद जी उनुकर पूरा बखिया उधैड़ के राख दिहले बाड़न. रउरा उनुका वीडियो के जरुर सुनीं. एह में एक जगह ऊ सुप्रीम कोर्ट के सगरी जजन के चुनौती देत इहो कहले बाड़न कि कवनो माई के लाल होखो त मस्जिद से जुड़ल कवनो मामला में याचिकाकर्ता से कह देव कि जा अपना अल्लाह का लगे आ ओहिजा कहऽ. अल्लाह का घर है अल्लाह बना देगा. बाकिर ना. कवनो जज के अइसन जुर्रत ना हो सके. उनुकर माई अइसन दूध पियवलहीं ना होखीहें जवना से उनकर अइसन ताकत हो जाई. रिजवान जी के वीडियो हम एहिजे दे दे रहल बानी. पूरा सुनीं आ जरुर सुनीं.
0 Comments