बेवकूफ जब पगला जाव
when-idiot-goes-mad
– टीम अंजोरिया
#बताह #पागल #ट्रम्प
बहुत खतरनाक स्थिति हो जाला जब कवनो बेवकूफ पगला जाव. आ दुनिया का सोझा आ गइल अइसनके एगो हालात हमरा से एकरा के आजु के लेख के मथैला बनवा दिहलसि.
अमेरिका जइसन बेंवतगर आ औकात वाला देश के राष्ट्रपति अगर पागल हो जाव त ई बाति सगरी दुनिया ला चिन्ता के बन जाला. पता ना ट्रम्प सचहूं पगलाइल बाड़न कि ना बाकिर जब हम एह सवाल के गूगल कइनी त गूगल अइसन हजारन लिंक हमरा सोझा डाल दिहलसि जवना पर एही विषय पर लिखाइल बा भा एही विषय पर चरचा भइल बा.

अब ट्रम्प के बेवकूफ होखे पर अगर केहू के सन्देह बा त ऊ हमरा अपने देश के महान विद्वान राहुल गाँधी जी के. हो सकेला कि खग जाने खगही के भाषा सिद्धान्त का हिसाब सेे राहुल गाँधी के ट्रम्प के बात तुरते समुझ मेेंं आ जात होखे. आ एक बेर अगर राहुल ट्रम्प के बयान केे मान्यता दे दिहलें त उनुकर सगरी अमला एह बात केे ट्रम्पेट बजावल शुरु कर देला.
नोबल पुरस्कार पावे का हवस में ट्रम्प हर ऊ काम कइलन आ हर ऊ बात कहलन जवना के उमेद कवनो छिरियाएल बेवकूफ सेे कइल जा सकेला. आ ट्रम्प के हर बात राहुल गाँधी जइसन जननायक केे सनातन सत्य लागेला चाहे ऊ सनातन सेे जतना नफरत करत होखसु.
रोग बिगड़े के लक्षण तब से साफ होखे लागल जब ट्रम्प दावा क दिहलन कि आपरेेशन सिन्दूर रुकवावेे के काम उहे कइलन. आ राहुल एकरा केे कवनो पवित्र किताब केे पंक्ति जइसन ले लिहलन. जगहे जगह सभा समारोह में ‘नरेन्दर सरेंडर’ वाला नारा लगावल शुरु कर दीहलन. आ जब ट्रम्प के एह बकलोली पर मोदी सरकार केे साफ सनेसा आ गइल त ट्रम्प के सनकपन बढ़ गइल. पहिले ऊ भारत पर 25 फीसदी फेर 50 फीसदी टैरिफ लगावे केे एलान क दिहलन. ट्रम्प के एगो अउर बयान में भारत के अर्थव्यवस्था केे मुअल बता दीहल गइल त लागल कि राहुल के संजीवनी मिल गइल. आ अब ट्रम्प के टटका बयान पर कि ऊ मोदी के आदेश दे दिहलन कि रुस सेे तेल खरीदल बन्द कर देव त फेर राहुल आ उनुका चमचन के बयान आइल शुरु हो गइल बा.
असल मेें राहुल आ उनुका टोली के कोशिश बा कि केहू तरह मोदी केे अतना मजबूर कर दीहल जाव कि उहो ट्रम्प का तरहेे पागलपन वाला बयानबाजी कइल शुरु कर देसु. एहसेेे एह टोली के अमेरिका सेे भरपूर फंडिंग मिले लागी, आ हो सकऽता कि अबहियों मिलते होखेे, आ तब भारत से मोदी सरकार केे उखाड़े लायक बवाली हालात पैदा कइल जा सको.
पूरा संसार केे एह बेवकूफ के सनके पर विचार कइला के जरुरत बा आ भारत के अपना बेेवकूफ के सनके का खतरा पर. काहे कि बेवकूफ जब सनकाह हो जाव त बहुते खतरनाक हालात पैदा हो जाला.

0 Comments