सिनेमा से सत्ता तक: राजनीति में भोजपुरी नायकन के सफर

– टीम अंजोरिया

#भोजपुरी-सिनेमा #राजनीति #बिहार-चुनाव

सिनेमा से सत्ता तक: राजनीति में भोजपुरी नायकन के सफर
Bhojpuri stars in politics

राजनीति में भोजपुरी सितारन के धमक बहुते जोरदार होला. एही चलते अलग अलग राजनीतिक गोल समय समय पर एह कलाकारन के अपना राजनीति के मोहरा बनावत रहेले. बिहार विधानसभा के 2025 वाला चुनाव के रणभेरी बाज गइल बा आ एह चुनावो में भोजपुरी कलाकारन के चरचा चल निकलल बा. आजु एही विषय पर मौजूद बा दुनिया में भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट anjoria.com के ई लेख – ‘सिनेमा से सत्ता तक: राजनीति में भोजपुरी नायकन के सफर”. आ एह लेख में दीहल दूगो फोटो बहुते पुरान हईं सँ जवन अंजोरिया डॉटकॉम पर बरीस 2017 में अंजोर भइल रही सँ.

मनोज तिवारी, रविकिशन शुक्ला, दिनेश लाल यादव निरहुआ, आ पवन सिंह के राजनीति में मौजूदगी के बात त पुरान हो गइल. अलग बात बा कि पवन सिंह का हाथे अबहीं ले कवनो सफलता नइखे लागल. पिछला बेर पश्चिम बंगाल के आसनसोल लोकसभा सीट के उपचुनाव में ‘खामोश’ फेम बिहारी बाबू शॉटगन सिन्हा यानि कि शत्रुघ्न सिन्हा का खिलाफ भाजपा पवन सिंह के उमेदवार बनावे के एलान क दिहले रहुवे. बाकिर उनुकर एगो गीत जवना में ऊ बंगाल के लड़िकियन के लेके गाना गवले रहलें. ओह गाना के वायरल होखते भाजपा के मजबूरी में पवन सिंह के उम्मीदवारी रद्द करे के पड़ गइल. बाद में बिहार से टिकट पावे के हर कोशिश बेकार हो गइल त निर्दलिये लड़ गइलन पवन सिंह. खुद तो डूबे सनम उपेन्द्र सिंह कुशवाहो के डूबा दिहलन. अब एह विधान सभा में उनुकर दाल गलत बा कि ना से देखे के होखी.

बाकिर अबकी का चुनाव में खबर बा कि खेसारी लाल यादव राजद का टिकट पर छपरा विधानसभा से चुनाव लड़े जा रहल बाड़न. पहिले त उनुका मेहरारू के ई टिकट मिलल रहुवे बाकिर ऊ साफे मना क दिहली आ खेसारी लाल अब खुदही चुनाव लड़े जा रहल बाड़न.

आजु के टटका खबर ई बा कि चिराग पासवान के लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) का टिकट पर सारण जिला के मढ़ौरा विधानसभा सीट से परचा दाखिल करे वाली भोजपुरी डांस क्वीन रहल सीमा सिंह के परचा खारिज हो गइल आ चुनाव से पहिलहीं राजग के झटका लाग गइल जब एक सीट से ओकर उमेदवारिये ना रहि गइल. वइसे हो सकेला कि तब कवनो दोसरा उमेदवार के आधिकारिक एलान क दीहल जाव. बाकिर ई जब होखी तब देखल जाई. फिलहाल भोजपुरी डांस क्वीन सीमा सिंह के परचा रद्द हो गइल बा.

अब आईं सांसद बन चुकल बाकी भोजपुरी कलाकारनो के चरचा कर लीहल जाव. एहमें सबले पहिला नाम आवत बा मनोज तिवारी के जे मौजूदा लोकसभा में उत्तर-पूर्व दिल्ली से सांसद चुना के आइल बाड़न. पिछलको लोकसभा में मनोज तिवारी सांसद रहलन आ दिल्ली से भाजपा के ऊ अकेला उमीदवार रहलन जेकरा के पार्टी दोबारा टिकट दिहले रहुवे. मनोज तिवारी भाजपा के दिल्ली प्रदेश के अध्यक्षो रह चुकल बाड़न.

सिनेमा के सफर में को बड़ छोट कहत अपराधू वाला अंदाज में रविकिशन मनोज तिवारी पर इकइस पड़स भा ना, अनइसो ना रहलन कबो. एगो जमाना में मनोज तिवारी रविकिशन आ निरहुआ भोजपुरी के माथ सुपरस्टारन में शामिल रहलन. पवन सिंह आ खेसारी लाल यादव बाद में आइल लोग आ भोजपुरी सिनेमा के परंपरा का हिसाब से एहू लोग के सुपरेस्टार कहल गइल.

रविकिशन भोजपुरिए सिनेमा में ना बलुक हिन्दी आ दक्षिण का फिलिमनों में आपन कलाकारी देखा चुकल बाड़न. हालही में ओटीटी प्लेटफार्म पर उनुकर एगो फिलिम लापता लेडीज गजब नाम कमइलसि आ एहमें उनुकर कलाकारिओ गजब के रहल. रविकिशन मौजूदा लोकसभा में भाजपा का तरफ से गोरखपुर से सांसद चुना के आइल बाड़न. पिछलको लोकसभा में ऊ गोरखेपुर के सांसद रहलन. हालांकि बरीस 2014 में ऊ जौनपुर से कांग्रेस का टिकट पर चुनाव लड़ल रहलन आ हार गइल रहलन. कह सकिलें कि भोजपुरी कलाकारन के भाजपा बहुते सोहाला.

अगिला नंबर आइल भोजपुरी गाना “दुलहिन बिया बेमार, निरहुआ सटल रहेला” फेम के दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ जे आजमगढ़ सीट से भाजपा का तरफ से लोकसभा सांसद चुनाइल बाड़न. हालांकि बरीस 2019 के लोकसभा चुनाव में निरहुआ सपा मुखिया अखिलेश यादव से हार गइल रहलन. बाकिर जब विधायक बन के अखिलेश संसद से इस्तीफा दे दिहलन त ओकरा बाद भइल उपचुनाव में ऊ जीत गइलन आ भाजपा के ‘पूर्वांचल विजय’ के प्रतीक बनलन.

पवन सिंह के चरचा हम पहिलहीं कर चुकल बानी. अब चरचा का केन्द्र में रहीहन छपरा विधानसभा सीट से राजद उमेदवार खेसारी लाल यादव. देखल जाव कि ई राजद के लालटेन बार सकत बाड़न कि ना.

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार, गायक आ सोशल मीडिया पर जबरदस्त फैन फॉलोइंग वाला खेसारी लाल यादव विधानसभा में आपन स्टारी देखा पइहन कि ना एकर इंतजार रही.

पटना से भाजपा सांसद रह चुकल हिन्दी आ भोजपुरी सिनेमा के कलाकार शत्रुघ्न सिन्हा अटल बिहारी बाजपेयी का सरकार में केन्द्रीय मंत्री रहलन बाकिर मोदी सरकार में उनुका जगहा ना मिलल त रुसल शॉटगन अतना फायरिंग कर दिहलन कि उनुकरो हाल यशवंत सिन्हा वाला हो गइल आ भाजपा उनुका के टिकटो देबे लायक ना समुझलसि. त ऊ कांग्रेस में चलि गइलन आ ओहिजो उनुकर तुतुही ना बाजल त ममता बनर्जी के तृणमूल कांग्रेस का तरफ से आसनसोल से सांसद चुना गइलन. बाकिर ओहिजे ऊ टिक ना पवलें आ पिछला चुनाव में उनुका पर ममता ना देखवलसि तृणमूल. आ अब ऊ फेरु तिकवत बाड़न कि कवनो जोगाड़ लाग जाव त भाजपा में शामिल हो जासु.

एह सुपरस्टारन का अलावहूं कई गो भोजपुरी कलाकार समय समय पर राजनीति का मैदान में आपन धमक देखावत आइल बाड़न आ एहमें नीरज भारद्वाज आ गुंजन सिंह वगैरह के नाम लीहल जा सकेला. भोजपुरी डांस क्वीन रहल सीमा सिंह के त परचे खारिज हो गइल.

सोचे वाली बाति बा कि भोजपुरिया सितारा राजनीतिओ में कइसे चमकत बाड़न. त तमिल आ तेलुगू फिलिमन के कलाकार राजनीति में जवन मुकाम हासिल कर के देखा दिहलें तइसन मुकाम अबहीं एह लोग के नइखे मिल सकल. दक्खिन कलाकारन में एमजी रामचन्द्रन, करुणानिधि, जयललिता, नन्दमुरी तारक रामाराव सफलता के शानदार उदाहरण बाड़ें. असल में फिल्मी कलाकार से जनता के भावनात्मक जुड़ाव बन जाला आ ई लोग भाषा आ संस्कृति के सजीव प्रतिनिधित्व करे लागेलें. आम जनता में एह लोग के असर बहुते गहराई ले चहुँप जाला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।