बापेर राजेर सोमाप्ति
- टीम अंजोरिया

बापेर राजेर सोमाप्ति

end of family rule

आजु के मथैला भोजपुरी में ना हो के बंगला में लगवले बानी। काहे कि चुनाव भलहीं चार गो राज्य आ एगो केन्द्र शासित राज्य में भइल रहल बाकिर देश के राजनीति, आ मीडिया के नजर पश्चिम बंगाल के चुनाव पर सबले अधिका रहुवे। एहिजा के चुनाव तीनपतिया ला, राहुल ला, इण्डी गठजोड़ ला, एनडीए ला, मीडिया ला, एक तरह से सभका नजर में रहुवे। सभे देखल चाहत रहुवे कि एहिजा मोदी के कमाल लउकत बा कि ना। पिछला बेर 2021 का चुनाव में भाजपा के जोरदार कोशिश का बादो ऊ सरकार बनावे जोग त दूर, तीन अंक के गिनितियो ले ना चहुँप पावल। ओकरा बाद से तोलाबाज मुस्लिम कांग्रेस के मलकिन के त तनी कम बाकिर उनुका भाईपो- बंगला में भतीजा के भाईपो कहल जाला- का कपारे सत्ता के नशा बेसी चढ़ गइल रहुवे। राज उनुका बाप के ना होके उनुका फुआ के रहुवे बाकिर भाईपो के अंदाज वइसने रहल जइसे उनुका बाप के राज रहुवे। ना लिहाज ना लाज। बदजुबानी में भाइपो के जोड़ के केहू शायदे मिली। चुनाव का दौरान भाईपो देश के गृह मंत्री अमित शाह के खुलेआम चुनौती देत लउकलें कि अपना असल बाप के बेटा होखीहऽ त चार मई का दिने बारह बजे का बाद एक बेर कोलकाता आ के देखा दीहऽ।

आ आजु चार मई का दिने उनुका मुँह से बकार नइखे निकलत। उनुका आ उनुका बानो फुआ के लोग मुँहे पर गरियावत लउकल। जय श्रीराम के नारा से भड़के वाली बानो का मकान का सोझा लोग चिल्ला चिल्ला के जय श्रीराम के नारा लगावत लउकल। आ बंगाल पुलिस के जवान ओह लोगन के हाथ जोड़ के हटावत लइउकलें।

बानो शायद सपनो में ना सोचले होखिहें कि अइसनो दिन आई उनुका जिनिगी में। उनुका त घमण्ड रहुवे अपना मुस्लिम वोट बैंक पर। आ एह घमण्ड के तूड़े खातिर हिन्दू एकवटिया गइलन। तरह तरह के जातियन में लड़े वाला हिन्दू अबकी हिन्दू बन के लड़लें। उनुको मालूम हो गइल रहल कि अगर अबकी फेरू बानो के सरकार बन गइल त उनुकर हाल बेहाल हो जाई। आ अपना अस्तित्व के लड़ाई पश्चिम बंगाल के हिन्दू एकजुट हो के लड़लें। आ एह एकजुटता के अंदाज त एक्सिस माई इण्डिया के प्रदीप गुप्ता के बयाने से मिल गइल कि सत्तर फीसदी से बेसी लोग कुछ बोले ला तइयारे ना मिलल। आ एकरे चलते ऊ आपन एक्जिट पोल के निरस्त कर दिहलन। इज्जत बाँच गइल शायद। इहे एक्सिस माई इण्डिया के अनुमान तमिलनाडु के मामिला में सटीक निशाना पर बइठल। बाकिर बानो भा उनुका भाईपो का डरे प्रदीप गुप्ता बहाना बना के चुप्पी साध लिहलन।

मतगणना के जवन परिणाम निकलल ऊ सभका के चउँका दिहलसि सिवाय टूडे चाणक्या के। टूडे चाणक्या के कहना रहल कि भाजपा बंगाल में 13 कम बेसी 192 सीट जीत सकेले। आ आजु चार मई के रात सवा नौ बजे जवन परिणाम चुनाव आयोग के वेबसाइट पर मिलल तवन सबले उपर लगा दिहले बानी । एह में भाजपा के 206 सीट पर बढ़त आ जीत मिला के देखावल गइल बा। आ तिनपतिया के करीब 80 सीट पर। इहे एगो संजोगे जइसन बन गइल कि 2021 का चुनाव में भाजपा के 77 सीट पर जीत मिलल रहुवे आ तीन पतिया चुनाव चिह्न वाला तृणमूल के शायद 221 सीट। अबकी दुनू गोल आपन सीट बदल लिहले बाड़ी सँ करीब करीब।

तृणमूल आ तमिलनाडु के स्टालिन के हार से सबले बेसी राहत मिलल होखी राहुल गाँधी के। इण्डी गठबन्हन में अब राहुल के चुनौती देबे के औकात राखे वाला ममता आ स्टालिन के कांटा हमेशा ला दूर हो गइल। बचलन यूपी के अखिलेश त तय मानीं कि अगिला साल होखे जा रहल चुनाव में राहुल अइसन तिकड़म लगा दिहें कि अखिलेशो के मुराद पूरा हो जाव आ उहो ठिकाने लाग जासु।

पिछला दू गो लेखन में बंगाल चुनाव लेके हम अनेसा जतवले रहीं कि चुनाव का बाद हिन्दूवन का खिलाफ हिंसा हो सकेला आ ओकर मुकाबला करे ला कई गो गोपाल पाठा चहिहें आ इहो देखे के होखी कि हिन्दूत्व के राजनीति करे वाला मोदी-शाह बंगाल के हिन्दूवन के रक्षा कर पइहें कि ना! अब ई अनेसा एगो भूताह सपना बन के रहि गइल। साँप मराइले नइखे ओकर थूथून कूंचा गइल बा। अब शायदे हिम्मत होखी तोलाबाजी करे वाला गुण्डन के कि ऊ हिंसा करे निकलिहें। बाकिर सावधान त रहहीं के पड़ी। चोर चोरी से जाई बाकिर तुम्बाफेरी त करिए ली। अब शायद ई लोग तरह तरह के अफवाह फैला के देश में माहौल खराब करे के कोशिश करीहें।

 

0 Comments

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..