देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर
-

(सोमार, 10 अक्टूबर)
देश

  • 2जी घोटाला मामिला में दूर संचार मंत्री रहल दयानिधि मारन के घर-दफ्तर पर सीबीआई छापा पड़ला का बावजूद करुणानिधि चुप्पी सधले बाड़न.
  • भुखमरी में भारत के स्थान दुनिया भर का विकासशील देशन में 7वां बा.
  • टीम अन्ना कहलसि कि अगर जन लोकपाल विधेयक पारित हो जाव त कांग्रेस से कवनो गिला ना रह जाई.
  • तेलंगाना आंदोलन में फूट पड़ गइल बा आ कुछ लोग काम पर लवटी आइल बा,
  • दिल्ली उच्च न्यायालय के वरिष्ठतम न्यायाधीश ए.के.सीकरी ने सोमार का दिने कार्यवाहक मुख्य न्यायाधीश बन गइले. पिछला मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा के सर्वोच्च न्यायालय में न्यायाधीश नियुक्त कर दिहल गइल बा,
  • सीमांत हवाईअड्डन पर रात में विमान उतारे के सुविधा चाहत बिया थल सेना.
  • कांग्रेस महासिचव राहुल गांधी अपना पार्टी के युवा कार्यकर्ता लोग के जनता से सीधा संवाद बनावे के कहले आ केंद्र के योजना के जानकारी आम लोग तक चहुँपावे के कहलन.
  • सु्प्रीम कोर्ट काल्हु 2जी मामला में चिदम्बरम के भूमिका के जांच पर फैसला सुरक्षित राख लिहलसि.
  • भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी के 11 अक्टूबर से बिहार के सारण जिला के सिताबदियरा से शुरू होखे वाली ‘जनचेतना यात्रा’ खातिर तइयारी पूरा हो गइल बा. राजद, कांग्रेस आ माले एह यात्रा के विरोध के घोषणा कइले बाड़े.
  • गोरखा जनमुक्ति मोर्चा भूकम्प प्रभावित दार्जिलिंग क्षेत्र खातिर केंद्र सरकार से 1,000 करोड़ रुपिया के पुनर्वास पैकेज मँगले बा.
  • वायु सेना में शामिल होई सी-17 एयरलिफ्टर विमान. दस गो जहाज जून 2013 में वायु सेना के बेड़ा में शामिल हो जाई.
  • सर्वोच्च न्यायालय कसाब के फाँसी पर तबले रोक लगा दिहलसि जबले ओकर सुनवाई नइखे हो जात.
  • भाजपा में नेतृत्व विवाद के फेर हवा देत आडवाणी कहले बाड़न कि पार्टी तय करी प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार.
  • चण्डीगढ़ में गाड़ी के नंबर ‘एके-47’ तीन लाख दस हजार रुपिया में नीलाम भइल.
  • राजीव गाँधी के हत्यारन के याचिका पर 19 अक्टूबर के मद्रास हाई कोर्ट में सुनवाई कइल जाई.

दुनिया के खबर

  • वियतनाम के राष्ट्रपति के भारत दौरा मंगल से चार दिन खातिर शुरु होई.
  • पाकिस्तान में मानसिक रोगियन के संख्या पिछला दस साल में दुगुना हो गइल बा.
  • अमेरिका के क्रिस्टोफर ए. सिम्स अउर थॉमस जे. सार्जेट के एह साल के अर्थशास्त्र के नोबेल पुरस्कार दिहल जाई.
  • म्यांमार के राष्ट्रपति यू थीन सीन जल्दिये भारत के सद्भावना यात्रा करीहें. काल्हु म्यांमार एकर आधिकारिक घोषणा कइलसि.
  • पाकिस्तानी प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी अफगानिस्तान के राष्ट्रपति हामिद करजई से पाकिस्तान-ताजिकिस्तान सड़क परियोजना पर बतियइहें.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • नयका दूरसंचार नीति लागू होखला का बाद नेशनल रोमिंग शुल्क से मुक्ति मिल जाई मोबाइल ग्राहकन के.
  • चीन के विकास दर के आकलन घटके 9.4 फीसदी पर आइल.
  • सितम्बर महीना में 4 लाख विदेशी पर्यटक भारत अइलन.
  • शेयर बाजारों में सोमार का दिने शानदार तेजी आइल आ सेंसेक्स 325 अंक उछल के बंद भइल.
  • सोमार का दिने भइल एक दिन के हड़ताल से उड़ीसा के कोयला खदानन में कामकाज प्रभावित भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • भोजपुरी सिनेमा आ संगीत से जुड़ल खबर खातिर भोजवुडन्यूज पर जाईं.
  • आंध्र प्रदेश के लोकप्रिय अभिनेता चिरंजीवी चाहत बाड़न कि तेलंगाना मसला जल्दी सझुरा लिहल जाव. काल्हु ऊ एह खातिर कांग्रेस कोर समूह के सदस्यन से मुलाकात कइले.
  • टीवी चैनलन खातिर बनावल गइल नयका दिशानिर्देश के खिलाफ माहौल गरमाइल जात बा. अब अंबिका सोनी एह मसला पर प्रसारणकर्ता लोगन से विचार विमर्श करे के बात कहले बाड़ी.
  • सोनिका कालीरमन अपना पेट में पलत शिशु खातिर बिग-बॉस छोड़ली काहे कि बिग बास के घर के माहौल बहुत खराब हो गइल बा.

खेल के खबर

  • विदर्भ क्रिकेट संघ मैदान पर सोमार का दिने एनकेपी साल्वे चैलेंजर ट्रॉफी के पहिला एकदिना मुकाबला में इंडिया रेड टीम इंडिया ब्ल्यू टीम के पांच विकेट से हरा दिहलसि. अभिनव मुकुंद के मैन आफ द मैच चुनल गइल.
  • हैदराबाद के साकेत मेनेनी डीएलटीए कॉम्पलेक्स में चलत फेनेस्टा ओपन राष्ट्रीय टेनिस चैम्पियनशिप के पहिला दौर में पूर्व चैम्पियन विजय कनन के हरा दिहलन.
  • दुसरका अभ्यास मैच आजु खेली इंग्लिश टीम. पहिलका जीत चुकल बिया.
  • भारत के सीनियर फुटबाल टीम मलेशिया का साथ नवम्बर में दू गो दोस्ताना अंतर्राष्ट्रीय फुटबाल मैच खेली.
  • एशियाई साइकिलिंग चैम्पियनशिप-2013 के मेजबानी भारत के मिल गइल बा. एकर आयोजन नई दिल्ली में होई आ एहमें 40 देश के 700 खिलाड़ी हिस्सा लीहें.
  • मुम्बई इंडियंस टीम के कार्यवाहक कप्तान हरभजन सिंह चैम्पियंस लीग ट्वेंटी-20 टूर्नामेंट में खिताबी जीत के श्रेय अपना साथी खिलाड़ियन के दिहले बाड़े खास कर के गेंदबाजन के.
  • शंघाई मास्टर्स में भारत के सोमदेव पहिलके दौर में हार गइलन.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..