शशिमोहन सिंह के "दिल ले गईल ओढनिया वाली"

छत्तीसगढ़ के चर्चित अभिनेता आ एडिशनल एस० पी० शशिमोहन सिंह अब लगातार भोजपुरी फिलिमन के शूटिंग करत बाड़न. उनुका व्यस्तता क आलम ई बा कि छत्तीसगढ़ के निर्माता सुखजीत सिंह “धामी” के फिल्म “गरदा उड़ा देब” के शूटिंग खतम होखते ऊ कई गो दोसरा फिलिमन का शूटिंग में व्यस्त हो गइले. एही कड़ी में शशिमोहन सिंह फिल्म वितरक से निर्माता बनल पप्पू भाई, राजेश सिंह आ संजय कनुगा के फिल्म “दिल ले गईल ओढनिया वाली” में बतौर नायक नजर आवे वाला बाड़न. एहू फिलिम के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एह फिल्म के बाकी कलाकारन में खास बाड़े खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, प्रिया कपूर, आनंद मोहन, मनोज टाइगर, रत्नेश बरनवाल, जय सिंह, यशवंत सिंह, बालेश्वर सिंह आ रजनेश झाजी. फिल्म के निर्देशक हउवे अरविन्द चौबे.

शशिमोहन सिंह कहेले कि कलाकार होखला का चलते ऊ हमेशा अलगा-अलगा भूमिका करल चाहेले. एहीसे ऊ दू साल के छूट्टी ले लिहले बाड़न जेहसे कि ऊ अपना फिलिमन खातिर पूरा ध्यान आ समय दे सकसु. शशिमोहन सिहं के आवे वाली फिलिमन में एलाने जंग, हमरे नावे जिला हिलेला, दिल ले गईल ओढनिया वाली आ गरदा उड़ा देब वगैरह शामिल बाड़ी स.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *