रीता प्रकाश के फिल्म खातिर कल्पना गाना रिकार्ड करवली

निर्माता रीता प्रकाश के शिव प्रिया फिल्म्स प्रोडक्शन का बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘प्रोक्डक्शन नं. 1’ खातिर गायिका कल्पना पिछला दिने मुंबई, म्हाडा के ए.बी. साउण्ड रिकार्डिंग स्टूडियो में सुरेश कुमार ‘सनकी’ के संगीत निर्देशन में फिल्म के आखिरी गीत रिकार्ड करवली.

एह फिल्म के निर्देशक पारस एन. सिंह, कथा-गीतकार जलाल अकबर, पटकथा-संवाद लेखक बी.बी. मौजी, कैमरामैन जी.डी. शर्मा, आ मुख्य कलाकार दीपक दुबे, तनुश्री चटर्जी, सुदेश बेरी, समर्थ चतुर्वेदी, मेहनात, कंचन अवस्थी, राम कृष्ण कटेल, सिमरन आ गिरीश शर्मा हउवे. किरन कुमार अतिथि कलाकार बाड़े.

एह फिल्म के 25 दिन के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग एही महीना 25 तारीख से बनारस में शुरु होखी. निर्देशक पारस एन. सिंह कहले कि एह नारी प्रधान फिल्म में समाज में पसरल अंधविश्वास देखावल जाई.


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।