मनोज तिवारी के नया होली एलबम ‘रंग ले के दौड़े हनुमान जी’

भोजपुरी मेगा स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी अबकी होली का मौका पर अपना करोड़ों प्रशंसकन खातिर ले आइल बाड़े एगो होली एलबम जवना के नाम ह ‘रंग ले के दौड़े हनुमान जी’. पूरा तरह फगुआ अंदाज़ वाला एह होली एलबम के विकॉन म्यूजिक जारी करी.

विकऌन म्यूजिक एहसे पहिले अमिताभ बच्चन आ मनोज तिवारी का आवाज़ में ‘हनुमान चालीसा’ जारी कइले रहल आ जवन बहुते लोकप्रिय भइल. अब एलबम ‘रंग ले के दौड़े हनुमान जी’ से खुद मनोजो तिवारी बहुते उत्साहित बाड़न. कहले कि ई एलबम एगो अलगे सवाद दी होली प्रेमियन के. टाईटले बतावत बा कि ई कुछ अलगा तरह के एलबम होई.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..