एक्शन, कॉमेडी रोमांच से भरल फिलिम ‘लव यू सजना’

सुर संग्राम एक के विजेता गायक मोहन राठौर आ नवोदित अभिनेत्री लवी के मुख्य भूमिका वाली कृष्णा अमृत फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बनत निर्माता राजेश विश्वकर्मा आ निर्देशक संजय राजभर के फिल्म ‘लव यू सजना’ आजुकाल्हु खूबे चरचा में बावे. जबरदस्त एक्शन, कॉमेडी, रोमांच आ बेहतरीन कथा-पटकथा वाली एह फिलिम में एक से बढ़ के एक गीत सुने के मिली.

कहानी लेखक यतीन्द्र कुमार, पटकथा आ संवाद लेखक अनिल विश्वकर्मा, गीतकार प्यारे लाल कवि, फणीन्द्र राव आ उमेश अनमोल, संगीतकार सुनील महिपाल, मारधाड़ निर्देशन हीरालाल यादव, कैमरामैन रविराज सिंह, ध्वनि मुद्रक इंद्रदेव चौरसिया. फिल्म के कार्यकारी निर्माता नागेन्द्र शर्मा, सहयोगी निर्माता नवाब विश्वकर्मा आ सुभाष निषाद हउवें. विरेन्द्र चौहान उर्फ निरहू के भूमिका एह फिलिम में मजगर बा. नायिका बाड़ी कमसिन बाला सुमन झा. बाकी कलाकारन में वंदिनी मिश्रा, अयाज खान, हीरालाल यादव, दिनेश राय, किट्टू आ प्रमोद गोस्वामी के नाम बा.

आजु काल्हु एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेजी पर बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।