रविकिशन का साथे के बनी करोड़पति के पचीसवाँ एपिसोड

आठ जुलाई के महुआ टीवी पर देखावल जा रहल गेम शो के बनी करोड़पति के पचीसवाँ शो रही आ एह मौका के अउरी खास बनावे खातिर शत्रुघ्न सिन्हा का सोझा हॉट सीट पर सेलिब्रिटी गेस्ट रहीहे भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि किशन अपना पत्नी प्रीति किशन का साथ. रविकिशन क इंट्री शिव स्त्रोत का साथे होई आ बाद में प्रीति किशन शत्रुघ्न सिन्हा का बोलवला पर मंच पर अइहे. चूंकि ई एपिसोड के बनी करोड़पति के पचीसवां एपिसोड रही से सेलेब्रेशन खातिर रवि किशन केक मँगवइहन आ अपना पत्नी प्रीति आ शत्रुघ्न सिन्हा का साथे मिल के केक कटीहन. शत्रुघ्न सिन्हा आ रवि किशन एह मौका पर हई हमनी का भाई भोजपुरिया गाना पर डाँस करी लोग.

रविकिशन शो में बतइहे कि उनुका बहुते मेहनत का बाद सफलता मिलल. ऊ सात साल ले अपना गाँव का रामलीला में सीता के किरदार कइले रहले. शत्रुघ्न सिन्हा के कहला पर रविकिशन सीता जइसन अभिनय कर के देखइहे. शो का दौरान संगीतकार इस्माइल दरबार से बात होखी जे रवि का साथ अपना रोचक अतीत के अनुभव बतइहे.

एह एपिसोड में रवि किशन अपना जीवन के कई एक गो राज खोलीहे. आपन आ प्रीति के प्रेमकहानी बतइहे. आखिर में रवि किशन आजमा लक गानो पर परफार्म करीहे. केबीसी से जीतल राशि रविकिशन अपना रविकिशन फाउन्डेशन के दीहें जवन उनुका गाँव में विकास के काम करावेला.

हमेशा का तरह एहू एपिसोड के प्रसारण शुक के रात नौ बजे से कइल जाई.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. navjot kumar karn

    ravi kishan jee ke namaskar ravikishan jee bhojpuri cinema ke bahut accha actor hai aur unkar sab film dekhte hai.aur bhojpuri kbc mein aye wo mujhe bahut badhiya laga.mera ghar district:- samastipur,bihar me partaa hai.

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।