अउरी खूंखार हो गइलन बृजेश त्रिपाठी

सिनेमा भोजपुरी के सबले बड़ खलनायक ब्रिजेश त्रिपाठी अब अउरी खूंखार बन गइल बाड़ें. हालिया रिलीज़ फिल्म “रणवीर” में उनकर खूंखार रूप देख दर्शकन का मन में डर समा जात बा. फिलिम में ऊ छपरा के एगो बड़हन गुंडा बनल बाड़ें. तेलगु फिल्म इंडसट्रीज क मशहूर कंपनियन के सहयोगी अल्टूरा फिल्म्स का बैनर में बनल पहिला भोजपुरी फिलिम रणवीर में रवि किशन शीर्षक भूमिका में बाड़न. फिलिम में उनकर मुकाबला होत ना बृजेश त्रिपाठी से जे उनुका पूरा परिवार के सफाया कर दिहले रहुवे.

फिलहाल राजपिपला में “राखेला शान भोजपुरिया जवान” का शूटिंग में व्यस्त बृजेश त्रिपाठी भोजपुरी फिल्मो के अकेला खलनायक हउवें जे सगरी बड़की फिलिमन के हिस्सा रहल बाड़े. फिल्म “रणवीर” में खलनायकी क साथे साथ आयटम क्वीन सीमा सिंह के साथ ठुमको लगवले बाड़न बृजेश त्रिपाठी. एह घरी दर्ज़नो से अधिका फिलिमन में काम करत बृजेश के फिलिमन में आंधी तूफ़ान, रखेला शान भोजपुरिया जवान, आ ज्वालामंडी वगैरह खास बाड़ी सँ..


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।