मणिराम के धमाकेदार इन्ट्री

भोजपुरी इंडस्ट्री में बहुते न्यूकमर अपना ला ज़मीन तलाश करत बाड़ें बाकिर अभिनेता मणिराम शर्मा ओह लोगन में शामिल हउवें जे पहिले त अपना ला जमीन बनवलें आ फेर ओह जमीन पर मजबूती से आपन पैर जमावत नज़र आवत बाड़ें.

ट्रिनिटी एंटरटेनमेंट के बैनर तले आ दिनेश मिश्रा के निर्देशन में बनत फिल्म “एक और बगावत की आग” से अपना फ़िल्मी करियर क आगाज़ करत मणि के ना त विरासत में शोहरत मिलल बा ना ही एह इंडस्ट्री में उनकर कवनो रिश्तेदार बा जे उनुका ख्वाहिशन क बोझा अपने कान्हे उठा सके. कुछ करे के लगन अउर दर्शकन बीच आपन पहचान बनावे क ललके उनुका के अभिनय का दुनिया में खींच ले आइल. बकौल मणि हर इंसान के ख्वाहिश होती है कि ऊ अपना समाज ला कुछ करे. चूँकि ऊ एगो कलाकार हउवें, से ऊ अपना कले के आपन सामाजिक सरोकार के आधार बनावल बेहतर समुझलें. पेशा से बिजनेसमैन रहल मणिराम शर्मा के कहना ह कि एक्टिंग उनुका ला शौक ना बलुक एगो पैशन ह.

अपना पहिला फिल्म में मणि एगो ईमानदार पुलिस इन्स्पेक्टर के किरदार में बाड़ें. साथी कलाकारन में सुनील छैला बिहारी, कल्पना शाह, प्रिया शर्मा, कृष्णा पाण्डेय अउर दीपक भाटिया शामिल बाड़ें. देखल जाव मणि अपना एह आगाज के ओकरा अंजाम ले कवना अंदाज में चहुँपावत बाड़ें.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।