आवे वाली फिल्म "गलवा तोहार टमाटर हौ गोरिया"

बाबा चंदन इंटरनेशनल के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘‘गलवा तोहार टमाटर हौ गोरिया’’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एह फिल्म के निर्माता भईया लाल सेठ आ निर्देशक विजय कृष्ण चतुर्वेदी हउवें.

फिल्म के कहानी पन्द्रह बरीस लंदन में पढ़ाई कर के सूरज (प्रमोद सिंह) के लवटला से शुरु होखत बा. सूरज के पिता विक्रमादित्य सिंह (सुधीर पांडे) अउर माँ (रश्मि शर्मा) एह वापसी के बरीसन से तिकवत रहलें. गाँव अइला पर सूरज के मुलाकात एगो अल्हड़, चंचल लड़की चंदा (रानी चटर्जी) से होत बा आ दुनु एक दोसरा से प्यार करे लागत बाड़ें. चंदा पर गांव के एगो बदमाश कुंदन सिंह (उदय श्रीवास्तव) के नजर पहिले से बा आ एह चक्कर में ऊ जेलो के सजा काट आइल बा. कुंदन आपन मतलब पूरा करे ला रतिया (इरशाद खान) के इस्तेमाल करत बा. चंदा के सगाई बचपने में रतिया से हो गइल रहे. सूरज के पता चलत बा कि कुंदन ओकर मामा ह. ओने ठाकुर के पता चलत बा कि सूरज छोट जाति के लड़िकी से प्यार करत बा त ओकरा के घर से निकाल देत बाड़ें. अब देखे के होखी कि समाज अउर घर के विरोध के बावजूद का सूरज चंदा के हासिल कर पावत बा ?

एह फिल्म में रानी चटर्जी, प्रमोद सिंह, उदय श्रीवास्तव, सुशील सिंह, दिनेश चतुर्वेदी, अनूप जलोटा, इरशाद खान, रश्मि शर्मा, अशोक सेठ, मोना रे, मंदाकिनी, अंकिता, राजेश तोमर, जफ़र खान, अष्टभुजा मिश्रा, अभिलाषा सिंह, नीलम सिंह अउर सुधीर पांडे के प्रमुख भूमिका बा, सह-निर्माता संजय सेठ, कथा-गीत भईयालाल सेठ के, संगीतकार कनक राज, कैमरामैन अशोक चक्रवर्ती, पटकथा-संवाद कन्नन अय्यर के, संकलन दीपक कपूर के, एक्शन आर.पी. यादव के आ कोरियोग्राफी अश्विनी अउर दिलीप मिस्त्री के बा.


(समरजीत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।