15हजार लइकन के भविश्य अधरे में

बलिया. जिला के 230 गो माध्यमिक विधालय शासन के निर्धारित कइल गइल सीमा के भीतर लइकन के पंजीकरण फारम ना जमा क पवले बा लो जेकरा चलते सासन 50 हजार रूपिया के दन्ड लगा के फारम जमा करे खातिर कहलसि बाकी 21 गो स्कूल नाहिए जमा क पावल लो जेकरा चलते एगो अन्दाज से 15 हजार लइकन के भविश्य अधरे में फंसि गइलबा। बोर्ड के परीक्षा में कुछुए दिन बाकी बा ओकरा चलते लइकन के बाप महतारी परीसान बाड़न लोग लइकवन के पूरा साल के महनत बेकार हो जाइ। विभाग से लोग मांग कइले बा कि एकर कवनो रास्ता निकालल जा नाहीं त एतना लइकन के साल बरबाद हो जाइ। बाकी आजगमढ़ के संयुक्त निदेशक सूरज नारायण कहतारन कि अब त फारम जमे ना हो पाइ कवनो सूरत में।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।