साख जमा अनुपात में सुधार ला सरकार बैंकन पर दबाव बढ़वलसि

बिहार के उपमुख्य मंत्री सुशील कुमार मोदी कहले बाड़न कि बैंकन ला नया मानक बनावल जात बा आ अब ओह मानक पर खरा उतरे वाला बैंके में सरकार के धन जमा कइल जाई. कहलन कि सरकारी प्रयास का चलते पिछला साल का मुकाबिले साख जमा अनुपात बढ़ल बा.

जान जाईं कि केतना जमा बैंकन के मिलल आ केतना कर्जा भा साख बैंक एहिजा दिहले ओकरे अनुपात के साख जमा अनुपात कहल जाला. बिहार आ यूपी के साख जमा अनुपात राष्ट्रीय औसतो ले कम बा. एकर मतलब भइल कि बैंक बिहार आ यूपी में धन बिटोरेलें आ दोसरा रा्ज्यन में करजा बाँटेलें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।