अपना मजबूत इरादन का बले मंज़िल तक चहुँपिहें राहुल मौर्या

उत्तर प्रदेश के वाराणसी से जुड़ल नवोदित अभिनेता राहुल मौर्या आपन अभिनय क्षमता देखावे ला बेचैन बाड़न. उनकर मनसा बा कि अपना मजबूत इरादा से मंज़िल छू लेसु. पचासन एलबम बना चुकल राहुल एगो म्यूज़िक कंपनी “म्यूज़िक मस्ती” के मालिको हउवन. ई कंपनी अनेके एलबम निकाल चुकल बिया जवना में “सैया हो जाईब तोहार, मिसाइल लागऽतिया, इनका चक्कर मे, छठी मईया, होली मे हू ला ला, डॉक्टरवा मूवना, जलेबी बाई, दर्शन दिखा जा माई” आ अउरिओ अनेके एलबम शामिल बा.

राहुल आजु काल्हु अभिनय, नृत्य, आ स्टंट सीखे में बहुते मेहनत करत बाड़ें. अभिनय के ट्रनिंग ऊ अपना “वसीम सर” से लेत बाड़ें आ नृत्य का मामिला में कानू मुखर्जी के अपना दिल से गुरु मानेलें. राहुल के एगो फिलिम के शूटिंग होखत बा. फिलिम के अबहीं नाम नइखे धराइल.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।