दुर्गा प्रसाद मजूमदार, किशन खदरिया आ रमाकांत प्रसाद : तीनो एक संगे

दुर्गा प्रसाद मजूमदार, किशन खदरिया आ रमाकांत प्रसाद के मजबूत तिकड़ी के फिलिम ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’ के पिछला दिने मुहूर्त करावल गइल. भोजपुरी सिनेमा के विकास में लागल एह तीनो बड़हन हस्ती फिल्म फाइनेंसर दुर्गा प्रसाद मजूमदार, भोजपुरी सिटी पत्रिका आ अवार्ड समारोह के मुखिया किशन खदरिया अउर निर्देशक रमाकांत प्रसाद एह फिलिम खातिर एक साथे जुड़ल बाड़न.

बतौर निर्माता किशन खदरिया आ दुर्गा प्रसाद मजूमदार मिलके रमाकांत प्रसाद के निर्देशन में पहिला बेर आपन फिलिम बनावे जात बाड़ें. एह फिलिम ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’ के मुहुर्त मुंबई के ट्रायो डिजिटल स्टूडियों में करावल गइल.

एह फिलिम से पहिला बेर मशहूर लोक गायक राकेश मिश्रा के लांच कइल जात बा अभिनय के मैदान में. निर्माता जोड़ी किशन खदरिया आ दुर्गा प्रसाद मजूमदार अउर निर्देशक रमाकांत प्रसाद के कहना बा कि ई फिलिम नवही पीढ़ी के बढ़िया लागी. फिलिम के शूटिंग जल्दिए शुरू होखी.

उमेद जतावल जात बा कि भोजपुरी सिनेमा के एह तीन गो बड़हन हस्ती के हाथ मिलावल भोजपुरी सिनेमा के विकास अउर तेज करी. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के फिलिम हर साल सफलता के रिकार्ड बनावेली सँ. जइसे कि ‘जान तेरे नाम’, ‘जानवर’, ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ आ ‘हिम्मतवाला’ के सफलता से साफ बा. एही तरह किशन खदरिया के भोजपुरी सिनेमा के बहुते समुझ बा. समय के नब्ज पहिचानत ऊ भोजपुरी सिटी पत्रिका निकाललें जवन आजु कामयाबी के बुलंदी पर बा. निर्देशक रमाकांत प्रसाद त बढ़िया से जनबे करेलें कि भोजपुरिया दर्शकन के चाहीं का. एही चलते दर्शक हमेशा उनुका फिलिमन ला तिकवत रहेलें.

एह फिल्म के कार्यकारी निर्माता रहीहें इनरोज अख़्तर.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।