खलनायक बिपिन सिंह पाजीटिव किरदार में

देखल गइल बा कि बिपिन सिंह हमेशा कुछ ना कुछ नया करत रहेले. एही खूबी के चलते बिपिन सिंह फिलिम “प्रतिघात” में खलनायकी न करत एगो सकारात्मक किरदार कर दिहलें. दर्शको बिपिन सिंह के पाजीटिव किरदार में देखल चाहत रहेलें, आ बिपिनो सिंह अइसन किरदार कर के बहुते उत्साहित लउकलें.

एह नारी प्रधान फिलिम के नायिका अक्षरा सिंह हई. बिपिन सिंह एगो इमानदार इंस्पेक्टर के भूमिका कइले बाड़न. फिल्म अनुभव मोशन पिक्चर के बैनर में बनत बा. निर्देशक हउवन आनंद डी॰ गहतराज आ लेखक मनोज पाण्डेय.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।