पीएनबी के बनियापुर शाखा के एटीएम से रुपिया निकाले आइल एगो बूढ के बरगला के एगो ठग उनका एटीएम से चार हजार रुपिया निकाल के ले भागल बाकिर अगल बगल के लोग के हल्ला मचवला का बाद गाँव वाले ओकरा के पकड़ लिहलें. पकड़ाइल ठग रिविलगंज परसा के रंजीत साह बतावल जात बा. ओकरा लगे से तीन गो एटीएम कार्ड मिलल. पकड़इला का बाद ऊ ओह बूढ़ के रुपिया वापिस कर दिहलसि बाकिर लोग ओकर जम के पिटाई कइलें आ पुलिस के सँउप दिहलें.
0 Comments