बंधा खाली करे का आदेश से सैकड़ो परिवार मुसीबत में

गोपालगंज जिला में गंडक का कटाव से मेहदियां, मलाही टोला, रामपुर टेगराही, कठघरवा, धूपसागर, बरइपट्टी वगैरह कई गांव में सैकड़ो परिवारन के घर बिला गइल त ऊ लोग गंडक का बंधा पर आपन ठिकाना बना लिहल. सरकार का ओर से नाम मात्र के सहायता मिलल बाकिर तीन साल से ई परिवार बंधे पर आपन ठिकाना बनवले मेहनत मजूरी कर के आपन पेट पोसत आइल बाड़े. अब एह लोग पर फेरू आफत के पहाड़ टूटल बा काहें कि बाढ़ नियंत्रण आयोग एह लोग से बन्धा खाली कर देबे के कहले बा.
एह बारे में गोपालगंज के जिलाधिकारी के कहना बा कि एह पीड़ित परिवारन के बासगीत जमीन देबे के कोशिश हो रहल बा आ इंदिरा आवासो दिहल जाई. तबले एह लोग के केहु परेशान ना करी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..