बंधा खाली करे का आदेश से सैकड़ो परिवार मुसीबत में

गोपालगंज जिला में गंडक का कटाव से मेहदियां, मलाही टोला, रामपुर टेगराही, कठघरवा, धूपसागर, बरइपट्टी वगैरह कई गांव में सैकड़ो परिवारन के घर बिला गइल त ऊ लोग गंडक का बंधा पर आपन ठिकाना बना लिहल. सरकार का ओर से नाम मात्र के सहायता मिलल बाकिर तीन साल से ई परिवार बंधे पर आपन ठिकाना बनवले मेहनत मजूरी कर के आपन पेट पोसत आइल बाड़े. अब एह लोग पर फेरू आफत के पहाड़ टूटल बा काहें कि बाढ़ नियंत्रण आयोग एह लोग से बन्धा खाली कर देबे के कहले बा.
एह बारे में गोपालगंज के जिलाधिकारी के कहना बा कि एह पीड़ित परिवारन के बासगीत जमीन देबे के कोशिश हो रहल बा आ इंदिरा आवासो दिहल जाई. तबले एह लोग के केहु परेशान ना करी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।