एके ओढ़नी से प्रेमी प्रेमिका दुनु फाँसी लगवले

सारण जिला के मांझी इलाका के सिंगही मठिया गांव में सोमार का रात एगो लड़िका आ एगो लड़िकी एके ओढ़नी से फाँसी लगा लिहलें. एक तरफ रहल राजेन्द्र कॉलेज में बीए के पढ़ाई करत अरुण महतो आ दोसरा ओर रहुवे मेहरौली हाई स्कूल में दसवीं में पढ़त एगो लड़िकी. लड़िकी के घर वाले एगो बिआह में गइल रहलें जब ई घटना भइल. लड़िकी अपना कोठरी में लटकल रहुवे जबकि ओही ओढ़नी के दोसरा किनारा पर जंगला का बाहर लड़िका लटकल मिलल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।