बड़का बैनर पसंद करे लगलन स्मृति सिन्हा के

SmritiSinhaसिनेमा भोजपुरी के अभिनेत्री स्मृति सिन्हा एह घरी उद्योग के सगरी बड़का बैनर के पसंद बन गइल बाड़ी. भोजपुरी के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार के दू गो फिलिम, ‘साजन चले ससुराल’ आ ‘देवरा पे मनवाँ डोले’, स्मृति कर चुकल बाड़ी. अब ऊ आलोक कुमार के नईकी फिलिम ‘दुध का कर्ज’ में सुपरस्टार निरहुआ संगे नजर अइहें.

मशहुर निर्माता अभय सिन्हा के फिलिम ‘प्यार झूकता नहीं’ में स्मृति खेसारी लाल संगे बाड़ी त मशहुर वितरक निर्माता डा० सुनील के ‘प्रेम दीवानी’ आ सुपरहिट फिलिम ‘प्रतिज्ञा’ के सीक्वल ‘प्रतिज्ञा-2’ ओ में स्मृति सिन्हा नजर अइहें. एह बड़का बैनर के फिलिमन में काम कर के स्मृति गदगद बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।