अंशुल गुप्ता के "बिहारी रिक्शावाला"

Anshul-VinanAnandबनारस के बड़का व्यवसायी अंशुल गुप्ता अब भोजपुरी फिलिम बनावल शुरू कइले बाड़न आ उनुकर पहिलका फिलिम “बिहारी रिक्शावाला” अपना निर्माण के चरम पर बा. अंशुल गुप्ता कबीर एजेंसी, कबीर टेंट हॉउस, कबीर केटरर्स, कबीर सिल्क, ए. जी . एंड कंपनी के बाद अब कबीर फिल्म्स इंटरटेनमेंट नाम के आपन नया कंपनी खोलले बाड़न जवन फिलिम बनावे क काम करी. एही कंपनी के तहत बनत बा “बिहारी रिक्शावाला”.

सह निर्माता रोहित लाधा आ निर्देशक अविनाश त्रिपाठी बाड़ें. एह फिलिम में विनय आनंद रिक्शावाला बनल बाड़न जबकि फिलिम के नायिका अंजना सिंह एगो नेता के बेटी. पिछला दिने एकर शूटिंग बिहार के डेहरी ओन सोन में करावल गइल रहे आ अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम जोर शोर से चलत बा.

कहानी खुद निर्देशक अविनाश त्रिपाठी आ सत्येन्द्र गुप्ता लिखले, जबकि पट कथा अउर संवाद अरविन्द तिवारी.

मुख्य कलाकारन में विनय आनंद अउर अंजना सिंह के अलावा मनोज टाइगर, आनंद मोहन, किरण यादव, सतेन्द्र गुप्ता, श्रद्धा नवल, नेहा मेहता, शिल्पी शुक्ल, बबलू खान, दिनेश राय, श्रुति दुबे आ संजय पांडे बाड़े.

फिलिम “बिहारी रिक्शावाला” जल्दिए रिलीज ला तइयार हो जाई.


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।